Home लोकसभा चुनाव २०१९ दर्दे दिल (पप्पू का)

दर्दे दिल (पप्पू का)

668
0

उठेला करेजवा में पीर पुरानी,
सबकुछ बिलायल जग में जाहिर बेईमानी ।।
2014 में भयल चुनउवा ,
हमरे कारनामा के उड़ल खूब हउवा।।
जनता लिहेसि बदला,
ओनकर छाती जुड़ानी ।।
सब कुछ बिलायल जग में जाहिर बेईमानी ।।1।।
मोदी भइलें पी एम खूब कइलें विक़सवा,
फइलल उनकर दुनिया मे कीर्ति के प्रकशवा ।।
भूलि गइल जनता, हमरा नाम अउ निशानी ।।
सब कुछ बिलायल जग में जाहिर बेईमानी ।।2।।
2019 में दाँत भयल खट्टा,
ओढले हम महागठबंधन के दुपट्टा।।
दीदी के याद अइलीं, दादी और नानी।।
सब कुछ बिलायल जग में जाहिर बेईमानी।।3।।

सदाशिव चतुर्वेदी “मधुर”

Leave a Reply